देश भक्त बन जाई बतासा

अरविन्द भैया मान गए हम, “पावरफुल मिसाइल हैं!”,
राजनीति में किट फतिंगे खुबे पनप भरमाईल हैं…

उनके गर्मी दूर भगाए ऐसन इ फिनायल हैं,
हर परदेश में इनके डंका, मिडिया में इ छाइल हैं….

वानर लुट पिचास के दासा 
भगदड़ मच गई ऐसन पासा 
खेल खिलाडी खेल न पाई…
आम आदमी हिला दे सांचा !!

नहीं जान के फिक्र करे ले 
कानूनन के धर दबोचले 
मंत्री संत्री औउर सराती 
पीट गइल अबकी पूरा बाराती…

आन्हर के साँझ दिखवले बाटे 
विपक्ष के जोर पटकले बाटे…
सब दलवन के जुवा जुगाड़ी,
तर्क बाण से कटले बाटे….

हाथी जैसन ले अंगड़ाई 
पोल खोल के रख दे माई 
बिलियन के गर्दन में घंटी 
बांध मजे में सो जा भाई !!

आम आदमी जाग गइल बा 
सोई सकी न कोई पियासा !
अबकी चाय बनइह अइसन 
देश भक्त बन जाई बतासा !!

Author: Prabhat Kumar

Related Posts

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Social media & sharing icons powered by UltimatelySocial
YouTube
YouTube
LinkedIn
Share
Instagram